जे लगे आके बैठल करेला
उहे मनवां दुखावल करेला
हम ना जनलीं कि लोगवा एहींगा
आपन चेहरा छुपावल करेला
जे लगे आके बैठल करेला…
मन के बतिया केहू भी न जाने
चाहे सीधा हो चाहे सयाने
लोग मितवा बने के बहाने
सबके उल्लू बनावल करेला
जे लगे आके बैठल करेला…
खूब घन आपन चाहे लुटावs
चाहे सबके तू आपन बनावs
तनी बचके चलs इ जमाना
भेदी लंका ढहावल करेला
जे लगे आके बैठल करेला…।
चाहे केतनो बचाके चलs तू
लोगवा ठोकर लगावल करेला
बहुते नाजुक बा रिश्ता के डोरी
दिलवा बेर बेर टूटत रहेला
जे लगे आके बैठल करेला…।
हम त सोचते में रहि जाईं वत्सल
भरोसा जब टूटल करेला
ना उम्मीदिया केहू से लगावs
इ त शीशा ह फूटल करेला
जे लगे आके बैठल करेला…।