नेहवा लगा के राम कहां चलि गइलs
अयोध्या में आ के राम कहां चलि गइलs?
हमके बोला के राम कहां चलि गइलs
मर्यादा सिखा के राम कहां चलि गइलs?
सुनिले बैकुंठे में तोहार ठेकान बा
सुनिले कि क्षीरसागर बहुते कमाल बा
मनई रूप आ के राम कहां चलि गइलs
रहिया देखा के राम कहां चलि गइलs?
इंहां बाट जोहत तोहर केतना जुग बीतल
अवध राम बिन जैसे सोना भईल पीतल
दरस देखा के राम कहां चलि गइलs
हमके बोला के राम कहां चलि गइलs?
सून सब मंदिर घाट सरयू के तीर के
सून चित्रकूट भईल तीरथ निरमूल के
आसरा लगा के राम कहां चलि गइलs
मनई रूप आ के राम कहां चलि गइलs?
इंहां लोग अजोध्या में मंदिर सजावत बा
नगरी डगरी घूमि घूमि दियना जरावत बा
अजोध्या के छोड़ राम कहां चलि गइलs
मर्यादा सिखा के राम कहां चलि गइलs?
हमहु त शबरी जईसन हमहुं के तार द
हमरो के दर्शन दे के जीवन सुधार द
कुछ दिन रहि के राम कहां चलि गइलs
आस जगा के राम कहां चलि गइलs?
नेहवा लगा के राम कहां चलि गइलs?